Lyrics: Atul Kumar Rai Music: LK Laxmikaant मिथिला में शोर भइल बड़ा नीक वर बा हमार सिया सुकुमारी के दूलहा सुघर बा
1 दूल्हा देखन खातिर उमड़ल नगरिया बिहसे ला लोग-बाग बिहसे बयरिया राजा जनक के घरवा बनल सबके घर बा हो सिया सुकुमारी के दूल्हा सुघर बा.
2 आजू सुनयना जी के नैना बा भारी बेटी के विदाई के आई गइल बारी रोवे नाही धरती माई इहे आज डर बा हमार सिया सुकुमारी दूलहा के सुघर बा।