Lyrics: Atul Kumar Rai Music: Madhukar Anand लड़का- बीए में फारम भरनी एक टोकरी तब जाके मिलल कहीं हमके नोकरी। लाग गइल घुस तब मिलल परमोशन गांव भर में नाम हमार हो गइल रोशन बस तोहरा लेखा सुंदर एगो नारी चाहीं..
लड़की- हमरा पापा जी के दूलहा सरकारी चाहीं लड़का -फिर त बीस लाख रुपया एगो गाड़ी चाहीं। 1 लड़की- अपने बड़ाई काहें अपना से फेकs तारs तिरछी नजरिया से हमराके देखs तारs
लड़का- जबसे कइले बानी हम त ज्वाइन तबसे अगुवा के लागल बाटे लाइन..
लड़का- बस मम्मी के पतोह संस्कारी चाहीं.. लड़की- हमरा पापा जी के दूलहा सरकारी चाहीं लड़का- फिर त बीस लाख रुपया एगो गाड़ी चाहीं।
2 लड़की- हमके मम्मी पढ़वले बाड़ी सिटी में बहुते पैसा लागल बा यूनिवरसिटी में
लड़का- छोड़ा तिलक के दे द बस खर्चा हो अइसन लाइब बरात होई चर्चा हो।
लड़का- बस कनिया हमके तहरा लेखा प्यारी चाहीं
लड़की- हमरा पापा जी के दूल्हा सरकारी चाहीं
लड़का- ठीक बा भाई.. लड़का - नाहीं बीस लाख रुपया नाहीं गाड़ी चाहीं बस तहरा लेखा कनिया संस्कारी चाहीं।